शिवराजमा संगठन विस्तारमा जुटल राप्रपा
कपिलवस्तु । राष्ट्रिय प्रजातन्त्र पार्टी (राप्रपा) शिवराज नगर समितिले पार्टीके संगठन विस्तार अउर मजबुतीके अभियानके तेज करेके निर्णय कइले बा।
आइतवार भइल नगर समितिके बैठकमा शिवराज नगरपालिकाके ११ वटै वडामे सक्रिय सदस्यता अउर वडा समितिके सदस्यता वितरण अभियान चलावेके निर्णय भइल। बैठकमा नगर समितिके पदाधिकारी अउर ११ वटै वडाके वडा अध्यक्षनके सहभागिता रहल।
वडा तहसे संगठनके मजबूत अउर व्यवस्थित बनावत पार्टीके नीति, विचार अउर एजेन्डा जनतासम्म पहुँचावेके उद्देश्यसे अभियान चलावल जाई, नगर अध्यक्ष चित्रबहादुर केसी बताइन।
बैठकमा राप्रपाके केन्द्रीय सल्लाहकार अजय थापाले संगठन विस्तार, जनता से सम्बन्ध मजबूत बनावे अउर आगामी राजनीतिक गतिविधिके बारेमा आपन धारणा रखिन।
तपाईको प्रतिक्रिया !
सम्बन्धित खबर




















