लालपुर, शिवराज नगरपालिका कपिलवस्तु ।

शिवराज नगरपालिका वडा नम्बर १० मे आवेवाला चुनावके लक्षित करत विष्णुदत्त मिश्र भावी उम्मेदवारके रूपमे चर्चामे आइल बाड़न। वडा के समग्र विकास, प्रभावकारी सेवा प्रवाह अउर जनताके आवश्यकता के प्राथमिकतामे राखत मिश्र विभिन्न विकासके एजेन्डा लेके अगाडि बढ़त बाड़न।

मिश्र वडा नम्बर १० के व्यवस्थित, समृद्ध अउर जनमुखी वडा बनावेके लक्ष्यसहित ७ गो प्रमुख एजेन्डा अगाडि सारले बाड़न। उ वडाके प्रशासनिक सेवा प्रवाहके चुस्त अउर प्रभावकारी बनावेसे लेके भौतिक पूर्वाधार विकास, शिक्षा, स्वास्थ्य, रोजगारी अउर पर्यटन प्रवर्द्धनके विषयके प्राथमिकतामे राखले बाड़न।

उनकर प्रमुख एजेन्डामे वडाके प्रशासनिक सेवा प्रवाहमे सुधार, भौतिक पूर्वाधार विकासके नया मोडल, समान अउर सेवामुखी सेवा प्रवाह, शासक न बनके जनताके सेवक होके काम करेके प्रतिबद्धता, उत्तर–दक्षिण समन्वयात्मक विकास, शिक्षा अउर स्वास्थ्य क्षेत्रमे सुधार तथा साप्ताहिक हाटबजार अउर पर्यटन प्रवर्द्धन रहल बा।

मिश्र कहले बाड़न कि आफू निर्वाचित भइले पर वडामे होखे वाला विकास निर्माणके कामके पारदर्शी अउर जनउत्तरदायी बनावल जाई। विकासके योजना कागजमे मात्र सीमित न रखके जनताके प्रत्यक्ष सहभागितामे प्राथमिकता तय कइके कार्यान्वयन करेके उनकर भनाइ बा।

ओही तरह वडाके सब टोल अउर बस्तीके समान दृष्टिकोणसे देखत जरूरतके आधारपर विकासके योजना अगाडि बढ़ावे, युवनके सीप अउर रोजगारीसे जोड़े तथा स्थानीय उत्पादन अउर व्यवसायके प्रोत्साहन देवेके योजना भी मिश्र अगाडि सारले बाड़न।

“वडा नम्बर १० के नमुना वडा बनावेके लक्ष्यसहित दीर्घकालीन योजना अउर स्पष्ट दृष्टिकोणके साथ अगाडि बढ़ब। जनप्रतिनिधि शासक न, जनताके सेवक होखेके चाहीं। यही मान्यताके साथ काम करेके हमार प्रतिबद्धता बा,” मिश्र कहले बाड़न।

मिश्रके उम्मेदवारीके चर्चासँगै वडा नम्बर १० मे आवेवाला चुनावके राजनीतिक माहौल भी गरम होखे लागल बा। उनकर विकासके एजेन्डा अउर उम्मेदवारीसे चुनावमे कइसन प्रभाव पड़ी, ई विषयके स्थानीय स्तरपर चासोके साथ हेरल जा रहल बा।