कपिलवस्तु, कपुरी डेक्स ।

“युवा क शक्ति, समाज रूपान्तरण क मुख्य आधार” क मूल नारा क साथ समाजसेवा मा सक्रिय संस्था महाकाल युवाशक्ति नेपाल शुद्धोधन गाउँपालिका क जयनगर मा रहत एक बेहद गरीब अउर विपन्न परिवार का खाद्यान्न सहयोग कइले बा।
संस्था क अनुसार परिवार क मुख्य सदस्य लमहर बेमारी अउर शारीरिक अशक्तता क कारण कामकाज करे मा असमर्थ बाड़े। आर्थिक अभाव एतना बढ़ गइल रहे कि परिवार का बिहान–साँझ हाथमुख जोरे मा भी कठिनाई हो रहल रहे। एह स्थिति का देखत संस्था मानवीय जिम्मेवारी निभावत खाद्यान्न सहयोग करे क निर्णय लिहलस।
संस्था क प्रतिनिधि, स्थानीय भद्रभलादमी अउर बुद्धिजीवी लोग क उपस्थितिमा पीड़ित परिवार का चामल, दाल, तेल लगायत जरूरी खाद्यान्न सामग्री हस्तान्तरण कइल गइल।
महाकाल युवाशक्ति नेपाल सहयोग करे वाला सभे मनकारी सहयोगी, संस्था क सदस्य अउर स्थानीय समुदाय का धन्यवाद देत कहलस कि आगे भी समाज मा रहल असहाय, गरीब अउर पिछड़ल परिवारन क सहयोग खातिर संस्था हमेशा अगिला पाँति मा खड़ा रही।