कपुरी/चन्द्रौटा।

स्थानीय फर्निचर व्यवसायी सदाम फकिर  द्वारा गरमीके मौसमका ध्यान मा राखत विभिन्न चउक अउर सार्वजनिक स्थानन मा पंखा वितरण अउर जड़ान कइल गइल बा।

उहाँके सहयोग से गडगौडा चउक (शान्ता), विरपुर चउक, रविन्द्ररुद्धपुर चउक (दुर्गा गुप्ता), समिति चउक, दुर्गा मन्दिर चउक, मटका चिया पसल अउर खरेन्द्रपुर चउक मा पंखा जड़ान कइल गइल बा। एहिके संग-संग ६ वटा साना होटलन मा भी पंखा जड़ान कइके सर्वसाधारण, ग्राहक अउर यात्रियनके सुविधा बढ़ावेके प्रयास कइल गइल बा।

स्थानीय बासिन्दन सदाम फकिर चाचाके एह समाजसेवी कार्यके प्रशंसा करत कहिन कि गरमीका समय मा सार्वजनिक स्थलन पर पंखा जड़ान होखे से राहगीर, ग्राहक अउर स्थानीय नागरिकनके काफी राहत मिलत बा।

पाँच सितारा होटल के सञ्चालक बब्लु जयसवाल बताइन कि पंखा जड़ान भइला से ग्राहक लोगनके बइठके आराम करेमा सुविधा मिलल बा। उहाँ कहिन कि गरमीका दिनन मा एह पहल से होटल मा आवे वाला सेवाग्राही सभे लाभान्वित भइल बाटैं।

एहि अवसर पर सदाम फकिर  कहिन, “पंखा वितरणके मुख्य उद्देश्य होटल अउर सार्वजनिक स्थानन पर आवे-जाए वाला लोगनके गरमी से राहत पहुँचावैके हवे। समाज सेवा के भावना से ई काम कइल गइल बा, अउर आगे भी अइसन समाजसेवी काम जारी रही।”

फर्निचर व्यवसायी सदाम फकिर  समाजसेवामूलक कार्यन मा लगातार सक्रिय रहत आइल बाटैं। उहाँके ई पहलके स्थानीय समुदाय सकारात्मक रूप से लेत बा अउर सामाजिक उत्तरदायित्वके एक अच्छा उदाहरण मानत बा।