शिवराज मा १५ दिने बरिस्ता तालिम सम्पन्न, १०७ युवा सीपयुक्त बनिन
कपुरी/डेक्स ।
बदलत जिन्दगी के ढंग संगे नेपाल मा कफी पिये के चलन बढ़त जात बा। एहिसंगे होटल, रेस्टुरेन्ट अउर क्याफे क्षेत्र मा दक्ष जनशक्ति के माग भी बढ़त जात बा। एह जरूरत के ध्यान मा राखत शिवराज नगरपालिकाले युवा मनईन के सीप संग जोड़ै खातिर सञ्चालन कइले आधारभूत बरिस्ता तालिम सम्पन्न भइल बा।
मेयर.उप-मेयर रोजगार कार्यक्रम अन्तर्गत शिवराज नगरपालिकाके ५ लाख रुपियाँ लागत अउर एन.ए.बि. स्पेसालिटी बरिस्ता ट्रेनिङ सेन्टर के सहकार्य मा चलावल गइल १५ दिने तालिम मा नगर के विभिन्न वडा से १०७ जना युवा-युवती सहभागी भइले रहिन। चन्द्रौटा–बालापुर मोड स्थित तालिम केन्द्र मा जेठ २० गते से सुरु भइल तालिम असार ४ गते सम्पन्न भइल।
तालिम के समापन कार्यक्रम शिवराज नगरपालिका–५ स्थित दुर्गा मन्दिर परिसर मा आयोजना कइल गइल। तालिम दौरान सहभागी मनईन कफी बनावे के आधारभूत तरीका, आधुनिक कफी तैयारी, ग्राहक सेवा, प्रस्तुतीकरण अउर क्याफे सञ्चालन सम्बन्धी व्यवहारिक ज्ञान हासिल कइले रहिन।
समापन समारोह मा बोलत नगर प्रमुख अजय थापाले कहिन कि युवन के खाली रोजगार खोजे वाला न बनाके सीप, उद्यमशीलता अउर आत्मनिर्भरता संग जोड़ै नगरपालिकाके मुख्य उद्देश्य हवे। उहाँ कहिन कि आज के समय मा खाली शैक्षिक प्रमाणपत्र से काम नइखे चलत व्यवहारिक सीप अउर दक्षता भी जरूरी बा।
“आज के बजार खाली डिग्री ना खोजत, दक्षता भी खोजत बा,” उहाँ कहिन, “हमनी चाहत बानी कि युवा खाली नौकरी खोजे वाला ना, बल्कि रोजगार सिर्जना करे वाला उद्यमी बने।”
पछिला कुछ बरिस से बरिस्ता पेशा होटल अउर क्याफे उद्योग के महत्वपूर्ण हिस्सा बनत जात बा। पहिले सामान्य काम समझल जाए वाला कफी बनावे के पेशा अब सेवा, प्रस्तुति अउर व्यावसायिक दक्षता संग जुड़ल सम्मानित व्यवसाय बन गइल बा। देशभित्र क्याफे व्यवसाय बढ़त जात अउर विदेश मा दक्ष बरिस्ता के माग बढ़त रहे से एह क्षेत्र मा सीप सिकले युवा खातिर अवसर भी बढ़त जात बा।
स्थानीय सरकार द्वारा सञ्चालन कइल यस्ता सीपमूलक कार्यक्रम से युवा मनईन के वैदेशिक रोजगार के विकल्प खोजे के बजाय अपने गाउँ-ठाउँ मा उद्यम अउर स्वरोजगार के सम्भावना देखे के प्रेरणा मिली, एही अपेक्षा कइल गइल बा। तालिम से सीप हासिल कइले १०७ युवा खातिर ई बरिस्ता ज्ञान खाली कफी बनावे तक सीमित ना रही बल्कि आत्मनिर्भर भविष्य बनावे के मजबूत आधार साबित होइ।
See
तपाईको प्रतिक्रिया !
सम्बन्धित खबर




















