नक्कली नोट से चिउरा के धुलि खरीदे जात रहिन महिला गिरफ्तार
कपिलवस्तु।
कपिलवस्तु के शिवराज नगरपालिका–३ खरेन्द्रपुर मा रहल एक चिउरा उद्योग मा नक्कली नोट देके चिउरा के धुलि (ठुटो) खरीदे जात रहिन एक महिला के पुलिस गिरफ्तार कइले बा।
पुलिस के अनुसार, २०८३ साल असार २९ गते साँझ करीब ५:३० बजे शिवराज नगरपालिका–२ हल्लानगर के ४८ बरिस के एक महिला आपन बङ्गुर खियावे खातिर चिउरा के धुलि खरीदिन। सामान के दाम चुकावे खातिर ऊ नगद रुपैया दिहिन, बाकिर उद्योग मालिक नोट देखिके सन्देह कइले अउर तुरन्त वडा प्रहरी कार्यालय चन्द्रौटा मा खबर दिहिन।
खबर मिलते ही पुलिस टोली घटना स्थल पर पहुँचल अउर महिला के नियन्त्रण मा लिहिस। जाँच-पड़ताल के दौरान महिला द्वारा काउन्टर पर दिहल गइल एके नम्बर के १९ ठो नेपाली ५०० रुपैया दर के नक्कली नोट बरामद भइल। बरामद नोटन के कुल रकम ९ हजार ५ सय रुपैया रहल।
पुलिस नक्कली नोटन के रीतपूर्वक बरामद कइके महिला के खिलाफ खोटा चलन मुद्रा सम्बन्धी कसुर मा मुद्दा दर्ता कइले बा। एह मामला मा कपिलवस्तु जिल्ला अदालत से ७ दिन के म्याद मिलल बा अउर आगे के अनुसन्धान चल रहल बा।
पुलिस सर्वसाधारण से कारोबार करत बखत मिलल नोटन के ध्यान से जाँचे अउर कौनो सन्देहास्पद नोट मिले पर तुरन्त नजदीकी प्रहरी कार्यालय मा जानकारी देवे के अपील कइले बा।
तपाईको प्रतिक्रिया !
सम्बन्धित खबर




















