कपुरी,डेक्स।
कपिलवस्तु। आर्थिक बछर २०८१/०८२ के स्वीकृत बजट अन्तर्गत शिवराज नगरपालिका वडा नं. १० के स्नातक (ब्याचलर) तह मा पढ़त १० गो विद्यार्थी जन के प्रति विद्यार्थी २० हजार रुपिया के दर से छात्रवृत्ति प्रदान कइले बा। एह खातिन कुल २ लाख रुपिया बजट विनियोजन कइल गइल रहे।
वडा अध्यक्ष मञ्जु मिश्र के पहल पर चलावल गइल ई कार्यक्रम के तहत उच्च शिक्षा लेत विद्यार्थी जनके आर्थिक सहायता उपलब्ध करावल गइल। अध्यक्ष मिश्र कहली कि शिक्षा अउर महिला सशक्तीकरण के प्राथमिकता देत आर्थिक कठिनाई के कारण कवनो विद्यार्थी के पढ़ाई प्रभावित न होखे, एह उद्देश्य से ई छात्रवृत्ति वितरण कइल गइल बा।
छात्रवृत्ति पावै के बाद लाभग्राही लक्ष्मी पासी बताइली कि पढ़ाई जारी राखे में अब आसानी भइल बा। उ कहली कि आर्थिक कठिनाई के कारण उच्च शिक्षा में बहुत चुनौती रहल, बाकिर वडाँ से मिलल छात्रवृत्ति से शैक्षिक खर्च चलावे में बहुत मदद मिलल बा। ऊ ई भी कहली कि अइसन कार्यक्रम से विद्यार्थी मन के आगे पढ़े के अउर प्रेरणा मिलेला।
छात्रवृत्ति पावे वाला मन में अञ्जनी चौधरी, कमलावती कुर्मी, चन्द्रावती पासी, प्रमिला नौ, पवित्रा कोहार, बन्धना देवी कुर्मी, रुपेश यादव, राजकुमार नौ ठाकुर, लक्ष्मी पासी अउर सपना गुप्ता सामिल बाड़ें। सबके प्रति विद्यार्थी २० हजार रुपिया उपलब्ध करावल गइल।
स्थानीय अभिभावक आ सरोकारवालन वडाँ के ई पहल के सराहना कइले बाड़ें अउर कहले बाड़ें कि शिक्षा क्षेत्र में कइल गइल निवेश समाज में सकारात्मक बदलाव ले आई।
किशोरी आ युवा लोग के उच्च शिक्षा तक पहुँच बढ़ावे खातिर वडा नं. १० अपन बजट से चलावल ई कार्यक्रम स्थानीय तह पर शिक्षा प्रोत्साहन अउर महिला सशक्तीकरण के एक उदाहरणी प्रयास के रूप में देखल जात बा। वडा अध्यक्ष मिश्र आगे के सालन में भी ई कार्यक्रम जारी राखे के बतवली।